Bhojpuri SMS
--------------------
छोट लोग पइसा पइसा करेला
बड़ लोग टाइम टाइम.
महान लोग रास्ता बनावेला
छोटका लोग बस पाछा पाछा चल देला
कामकाजी लोग एसएमएस करेला
निकम्मा लोग बइठल पढ़त रहेला
--------------------
सुनल हऽ कोर्ट एगो आदमी के बलात्कार के दोषी पाके ओकरा पर ११ हजार ४२० बीस रुपिया जुर्माना ठोक दिहलसि.
ई कवन हिसाब भईल ?
१०००० रेप करे खातिर, सैकड़ै चार का दर से वैट ४०० रुपिया, आ सैकड़ा १०.२ का दर से सर्विस टैक्स १०२० रुपिया !
--------------------
वैलेन्टाइन डे १४ फरवरी के लोग अइसन का करेला कि नव महीना बाद १४ नवम्बर के बाल दिवस मनावे के पड़ जाला ?
--------------------
जइसन बीतल वइसन भोगनी.
अब आगा से निमन बीतो.
जवन बीत गइल तवन बात गइल.
चलऽ फेर से नया शुरुआति कइल जाव !
जवन बीत गइल ऊ इतिहास हऽ,
जवन आवे वाला बा ऊ भविष्य.
हमरा तहरा हाथ में बस आजु के वर्तमान बा.
आवऽ हँसल जाव, खेलल जाव !
--------------------
एगो आदमी राम मन्दिर में जाके भगवान से अपना भुलाईल मेहरारू के खोज देबे के निहोरा कइलसि.
रामजी बोललन - बगल का हनुमान मन्दिर में जाके निहोरा करऽ. हमरो मेहरारू ऊहे खोजले रहन.
--------------------
दिल्ली के सरदी,
जैसलमेर के गरमी,
मुम्बइ के बरखा,
पटना के करप्शन,
काश्मीर के आतंकवाद,
अफ्रीका के साँप,
आ यूपी के " आप "
बाप रे बाप !
बिहार के डाक्टर,
यूपी के पुलिस,
आ बंगाल के लड़की,
लाजवाब होलें.